Saturday 4 July 2009

Today whatever i am is due to my labour- Pakhi Hegde

Pakhi Hedge~a laborious girl
दूरदर्शन के हिन्दी धारावाहिक मैं बनूंगी मिस इण्डिया से आपन अभिनय कैरियर शुरु करे वाली पाखी हेगडे आजुकाल्ह सिनेमा का परदा पर छाइल बाड़ी. भोजपुरिया दर्शकन का दिल पर उनकर राज चलत बा आ ऊ भोजपुरी के नम्बर वन हीरोइन बन गइल बाड़ी. भोजपुरी में लगातार सुपर हिट फिलिम दिहला का साथे साथ पाखी हेगडे देश आ विदेश में स्टेजो शो कर रहल बाड़ी. भोजपुरी के सुपर स्टार दिनेश लाल यादव निरहुआ का साथ उनकर जोड़ी शुभ आ सफलता के गारण्टी बन गइल बा. दिनेश लाल आ उनकर छोट भाई प्रवेशलाल यादव का साथे बने वाली हर म्यूजिक अलबम में पाखी छवले रहेली. कुछ दिन पहिले प्रेम के रोग भइल का सेट पर उनका से बातचीत के कुच अंश एहिजा दिहल जा रहल बा :
प्रेम के रोग भइल में राउर किरदार कइसन बा ?
प्रेम के रोग भइल एगो लव स्टोरी हऽ. एहमें हमार किरदार एगो चुलबुली लड़की के बा जे बड़ बाप के बेटी हियऽ. नॉटी आ मॉड होखला का बादो उ महतारी के दिहल संस्कार नइखे भुलवले. जवानी में एगो लड़िका से मुहब्बत हो गइला का बादो ऊ ओह लड़िका से मिलल पसन्द ना करे अपमा संस्कारन का चलते. एह फिलिम के निर्देशक फारुक सिद्दीकी एगो रोमांचक आ कामेडी वाली लव स्टोरी फिलिम बनावे में सफल रहल बाड़े.
एह फिलिम में रउरा सहकलाकारन का बारे में कुछ बताईं.
फिलिम में हमार हीरो भोजपुरी के सुपर जुबिली स्टार दिनेशलाल यादव निरहुआ बाड़न जे रवि नाम के एगो लड़िका के किरदार कइले बाड़न. मनोज टाइगर अब तकले के सबले अनूठा रोल में बाड़न. हमरा पिता के किरदार में अवधेश मिश्रा बाड़े जे असूल के पक्का बाड़े. एह फिल्म में उनकरो एगो लव स्टोरी बा. हमार दावा बा कि हँसत हँसत दर्शक लोग का पेट में दरद हो जाई.
का बात बा कि राउर आ निरहुआ के जोड़ी लकी जोड़ी बन गइल बा?
एह से कि हमनी का जवन कुछ करीले जा पूरा लगन आ मेहनत से करी ला. अपना काम के पूजा मानीला हमनी का. आ जब रउरा कवनो काम के आपन सौ फीसदी दिहिला त भगवानो राउर साथ देलें. उहे हमनियो का साथे भइल बा. अब एकरे के लोग मान ले त उहे सही.
दक्षिणो भारत मे एह जोड़ी के पसन्द कइल जा रहल बा, काहे?
हमनी के पहिलका फिलिम जवन हैदराबाद में बनल रहे से रहे कइसे कहीं तोहरा से प्यार हो गइल. बी सुब्बाराव का निर्देशन में ई फिलिम बनल रहे आ बहुते कामयाब साबित भइल रहे. ई फिलिम उत्तर भारत का साथे साथ दक्षिणो भारत में सिल्वर जुबिली मनवलस. एकरा बाद बनल खिलाड़ी नम्बर १. उहो दक्षिण भारतो में सफल रहल. एकरा में कुछ दक्षिणो भारत के कुछ कलाकार रहलन आ ओकर तेलुगू संस्करण बनावे में कवनो दिक्कत ना आइल. उहे निर्माता फेर हमनी के जोड़ी ले के आपन नया फिलिम बनावे जा रहल बाड़न. ई फिलिम भोजपुरी का साथे साथ हिन्दी आ तेलगूओ में बनावल जाई. हमनी के जोड़ी ओहिजो सराहल जा रहल बा बाकिर हमनी के प्राथमिकता में भोजपुरिये सिनेमा रही.
गुजरातो में त राउर निकहा मांग रहुवे, तबो ओहिजा काम ना करे के कारण का रहे?
हँ, एगो गुजराती निर्माता हमनी से निरहुआ रिक्शावाला के गुजराती संस्करण बनावे खातिर बात कइले रहले. ओह घरी हमनी का लगे डेट ना रहुवे. बाद मे पता चलल कि ऊ ओहिजा के स्थानीय कलाकारन के ले के फिलिम के रिमेक बनवले बाड़न. असल में हमार एगो हिन्दी टीवी सीरियल मैं बनूंगी मिस इण्डिया बहुते लोकप्रिय रहुवे जवना से हमार प्रशंसक पूरा देश में बन गइलन.
पिछला साल त रउरा भोजपुरी सिनेमा में धमाल मचा दिहले रहनी. एह साल के उपलब्धि का बा?
एह साल हमार मल्टीस्टारर फिलिम प्रतिज्ञा रिलीज हो चुकल बा जवन सौ दिन पूरा करके अबहियों जोर शोर से चल रहल बा. दीबाना १ मई के रिलीज होखे जा रहल बा. ओकरा बाद आई नरसंहार. हर फिलिम में हमरा किरदार में एगो नया र्ग देखे के मिली दर्शकन के. परिवार के शूटिंग शुरु होखे जा रहल बा. फेर बा पुरबईया, निरहुआ टाँगेवालाम सुब्बारेड्डी के प्रोडक्शन न॰२, दान वगैरह. साथही चलनी के चालल दूल्हा में हमार एगो चौंकावे वाली खास भूमिका बा. एह फिलिम से प्रवेशलाल भोजपुरी सिनेमा के नया नायक का रुप में शुरूआत कर रहल बाड़े.
सुने में आवत बा कि ईटीवी के फोक जलवा के पब्लिसिटी का चलते कुछ बतकुच्चन हो रहल बा.
हँ, असल में ईटीवी वाला ओकर पब्लिसिटी कुछ अइसना अन्दाज में कइलें कि बेबात के बात बन गइल. फोक जलवा में भोजपुरिहा विवाह के रस्म देखावल गइल बा. हर विधि के सामने ले आवे के कोशिश बा ओह धारावाहिक में. ओहमें निरहुआ दुल्हा बनल बाड़न आ हम दुल्हिन. हमनिये का ओह धारावाहिक के एंकरो बानी जा. एह धारावाहिक में दू गो दल बनावल गइल बा, लड़की वालन के आ लड़का वालन के. हर ओर आठ आठ आदमी बाड़े. शादी के हर रस्म देखावल जा रहल बा. भोजपुरी संस्कृति के समुझावे के ई निमन प्रयास बा. एह धारावाहिक के प्रचार कुछ अइसनका कर दिहल गइल कि बुझाइल जे निरहुआ आ हमार शादी हो रहल बा. स्वाभाविक बा कि एहसे कुछ लोग के मौका मिल गइल बतकुच्चन करे के.
रउरा अलगा अलगा भाषा में काम कर रहल बानी. एहमें रउरा कवनो दिक्कत ना होला का?
हमार परिवार कर्नाटक के हऽ. घर में कन्नड़ आ मराठी बोलल जाला. मुंबई में पलइला आ बढ़ला का चलते हिन्दी आ गुजरातियो आराम से बोल लिहिला. आ अब भोजपुरी सिनेमा में काम करत करत भोजपुरियो बोले में कवनो दिक्कत ना आवे. हालही मे हम एगो कन्नड़ आ एगो तेलुगू फिलिमन में मेहमान कलाकार का रुप में काम कइले बानी.

PS-Interview was not taken by me and this article is taken from another bhojpuri site.

No comments:

Post a Comment

Related Posts Plugin for WordPress, Blogger...