Saturday 4 July 2009

Pakhi Hegde exclusively on Sangeet Bhojpuri


'Bhoomiputra' is about present day politics. Ravi Kishen, who plays the lead role in the film, is a Bihari youth who loves a Marathi girl. The inevitable Bihari Marathi issue crops up in the film. But the film shows that this is vested interest issue and that the people love each other in reality.

The interesting part of the movie is that in this movie Ravi Kishen has played several characters. In some of the scenes, he will be seen as superman and in some scenes, he will be seen dressed as a girl.

Sangeet Bhojpuri interviewed actress Pakhi Hegde who is the heroine in this film. During the interview she said that it was the first time she is playing the role of a Marathi police inspector. She has also talked about how the preparation done for that particular role. Pakhi Hegde describes her memorable moments during the shooting of the film 'Bhoomiputra'.


संगीत भोजपुरी पर अइली खास प्रोग्राम में पाखी हेगडे
भूमिपुत्र आजु का राजनीति पर बा. एह फिलिम के मुख्य किरदार निभावत रवि किशन एगो बिहारी नवजवान का किरदार में बाड़े जेकरा एगो मराठी लड़की से प्यार हो जात बा. ओकरा बाद फिलिम में मराठी बिहारी के विवाद सामने आ जात बा. एह फिलिम में देखावल जात बा कि कइसे अपना मतलब साधे खातिर कुछ लोग एह विवाद के हवा देत बा जबकि वास्तविकता बा कि बिहारी मराठी एक दोसरा से नेह रखले बाड़े.

फिलिम के सबले बड़ खासियत बा कि रवि किशन एगो बहुआयामी किरदार में बाड़े. कुछ सीन में में त सुपरमैन जइसन लउकिहन जबकि कुछेक में ऊ लड़की का रुप में. संगीत भोजपुरी एह सिलसिला में फिलिम के नायिका पाखी हेगडे से बतियवलस त ऊ कहली कि एह फिलिम में उ पहिलका बेर मराठी पुलिस इन्सपेक्टर का किरदार में आइल बाड़ी. अपना साक्षात्कार में पाखी बतवली कि एह किरदार खातिर का का तइयारी करे के पड़ल.

1 comment:

Related Posts Plugin for WordPress, Blogger...