Saturday 4 July 2009

भोजपुरी फिल्म मुन्नीबाई जैकपॉट साबित होखी


हमेशा अपना पहिला पसन्द पर काम करे वाला निर्माता जीतेश दूबे के नयकी भोजपुरी फिलिम मुन्नी बाई नौटंकी वाली अब जल्दिये रिलीज होखेवाली बा. एह फिलिम का बारे में कहल जा रहल बा कि ई अपना वितरकन खातिर जैकपॉट साबित होखी. एह फिलिम के सगरी टेरिटरी, वितरण क्षेत्र, अपना हाइयेस्ट दाम पर बिक चुकल बा. एहसे निर्माता जीतेश दूबे गजब उत्साह में बाड़े. जीतेश दूबे एकरा पहिले सुपर डुपर हिट फिलिम धर्मवीर बना चुकल बाड़े आ एकहालि फेर से देखनिहारन के दिल जीते का तइयारी में बाड़े.

मुन्नी बाई नौटंकीवाली के निर्देशन बाली कइले बाड़े. मुन्नी बाई का किरदार में बाड़ी भोजपुरी के शानदार नायिका रानी चटर्जी. पूरा फिल्मी दुनिया के निगाह लागल बा एह फिलिम पर आ सबके उमेद बा कि ई फिल्म सफलता के नया रिकार्ड बनाई. जीतेश दूबे से भइल बातचीत में ऊ कहलें कि धर्मवीर का बाद तय कर लिहलें कि एगो लीक से हट के फिल्म बनावे के बा आ भोजपुरीया दर्शकन के ध्यान में राख के मुन्नीबाई नौटंकीवाली बनावल शुरु कइलें. कहलन कि ई उनकर ड्रीम प्रोजेक्ट बन गइल आ एकरा खातिर ऊ रातदिन एक कर दिहले रहले. नौटंकी वाली लड़कियन के कहानी सुन के ऊ रो दिहले रहलें आ फिलिम में उहे सब देखावे के कोशिश कइलें जवन वास्तिवक जिनिगी में हो रहल बा.

Producer Jitesh Dubeyमुख्य किरदार खातिर रानी चटर्जी उनकर पहिलका पसन्द रहली. आ दूसरका कवनो पसन्द के गुंजाइशे ना रहुवे. जीतेश दूबे कहलन कि धर्मवीर स उनका पहचान मिलल आ अब मुन्नी बाई देख के दर्शक उनका के माथ पर उठा लिहन.

फिलिम का निर्मान से पहिले वास्तविक नौटंकी करे वाली लड़कियन से बात कइल गइल, ओकनी के जिनिगी के नजदीक से देखल सुनल गइल, गां देहात में शामियाना टेंट लगावे वालन से बात भइल आ नौटंकी चलावे वाला लोगन से जानल गइल कि सांच का हऽ. तब एह फिलिम के निर्माण शुरु भइल. एह पूरा रिसर्च खातिर फिल्म के निर्देशक बाली का देखरेख में एगो टीम बनल रहे. कलाकारन के चुनाव, संगीत इ कास्ट्यूम के चुनाव पर कवनो समझौता ना कइल गइल. बालीओ देखा दिहलन कि ऊ गजब के निर्देशक बाड़े. हम त उनका के लाजवाब निर्देशक कहेम, कहलन जीतेश दूबे.

बाली का साथ साथ फिल्म के पूरा टीम कमाल के काम कइले बा आ अइसनका टीम खातिर हम अपना के खुसकिस्मत मानत बानी, जीतेश बतवलें. बकौल जीतेश दूबे श्याम देहाती के लिखल गीत आ मधुकर आनन्द के संगीत सबके झुमा के राख दीहि. बतवलन कि ई फिलिम हर टेरिटरी में अबले के सबसे बेसी दाम पर बिकाइल बा.

अपना अगिला फिलिम का बारे में बतियावत जीतेश दूबे कहलन कि धर्मवीर के हिट जोड़ी निर्देशक असलम शेख आ सुपरस्टार रविकिशन के लेके तू ही मोर बालमा बनावे जा रहल बाड़े. ओह फिलिम में भोजपुरी के चर्चित अदाकारा मोनालिसा का साथही अभिनेता दीपक दूबे आ बृजेश त्रिपाठी के साईन कर लिहले बाड़न फिल्म के संगीत धनंजय मिश्रा दीहें.

No comments:

Post a Comment

Related Posts Plugin for WordPress, Blogger...