Saturday 4 July 2009

"Chalni ke chalal dulha" Music released


चलनी के चालल दूल्हा एह साल के बहुचर्चित फिलिम होखी काहे कि बनहीं का घड़ी से एकर चरचा शुरु हो गईल बा. चरचा के पहिलका कारण त ई बा कि ई फिलिम दिनेशलाल यादव निरहुआ के होम प्रोडक्शन कंपनी निरहुआ एंटरटेंमेंट का बैनर तले बने वाली ई पहिलका फिलिम हऽ. एकरा के अजय सिन्हा के साईं एंटरटेंमेंट का साथे मिल के बनावल जा रहल बा. एकर निर्देशनो अजय सिन्हा कर रहल बाड़न जिनकर निर्देशित फिलिम ससुरा बड़ा पइसे वाला से लगभग मर चुकल भोजपुरी सिनेमा के नया जिनिगी मिलल रहुवे.

चलनी के चालल दूल्हा में दिनेशलाल निरहुआ अपना साथे अपना छोटका भाई प्रवेशलाल यादव के सिनेमा का परदा पर पेश करे जा रहल बाड़न. फिलिम के दिलकश गाना अबहियें से लोग के धेयान खींचल शुरु कर दिहले बा. फिलिम के संगीत के कैसेट हालही में मुंबई का शबरी होटल में टी सीरिज का तरफ से जारी कईल गईल. एह अवसर पर फिलिम के पूरा यूनिट मौजूद रहे. कैसेट विमोचन के फीता सीनियर फिल्म पत्रकार शांतिपति कटलन.

फिलिम में कुल दस गो गाना बा जवना के प्यारेलाल यादव, श्याम देहाती, आ असोक सिन्हा लिखले बा लोग. संगीत दिहले बाड़ण शशिकांत शर्मा. गायक उदित नारायण, दिनेश लाल यादव निरहुआ, प्रवेश लाल यादव, श्याम देहाती आ योगेश आ गायिका रेखा राव, खूशबू आ इन्दू सोनाली एह गीतन के गवले बा लोग.

चलनी के चालल दूल्हा में कई गो अइसन बात बा जवना से भोजपुरी सिनेमा का इतिहास में एगो धड़ाका होखी. फिलिम मई में रिलीज होखे जा रहल बा.

निर्देशक अजय सिन्हा एह फिलिम के लेके बहुते उत्साहित बाड़न आ कहलन कि एह फिलिम से ऊ दू गो नया चेहरा भोजपुरी सिनेमा में लांच करे जा रहल बाड़न, प्रवेशलाल आ शुभी शर्मा के. चलनी के चालल दूल्हा हमनी के पुरनियन के गढ़ल संबोधनहऽ जवना के मतलब होला कि दूल्हा हर तरह का दोष से मुक्त होखो आ २४ कैरेट सोना का माफिक खरा होखो. ई फिलिम हर नया जोड़ी खातिर बनल बा जे आपन वैवाहिक जीवन के शूरुआत करे जा रहल बा.

आदिशक्ति इंटरप्राइजेज साईं इन्टरटेंमेंट आ निरहुआ एंटरटेंमेंट के प्रस्तुति चलनी के चालल दूल्हा में प्रवेश शुभी का जोड़ी का साथ निरहुआ पाखी के जोड़ीओ खास झलक का रुप में मिली. ई जोड़ी फिलिमवो में सिने कलाकारन के किरदार में बा.

फिलिम के हीरो प्रवेशलाल यादव से बात भईल त बतलवलन कि एह फिलिम में उनुकर नाम राजा बा जे शहर में रह के बिगड़ गईल बा. ओकरा के सुधारे खातिर ओकर दादा ओकरा के गांव में बोला लेत बाड़न. गांव में आ के राजा सुधर जात बा आ गांवही का एगो लड़की से ओकरा प्यार हो जात बा आ ऊ शहर के जिनगी तज के गांवे में रहे के फैसला कर लेत बा. कहलन कि सिने अभिनेता का रूप में ई उनकर पहिलका फिलिम हऽ आ किस्मत से कलरफुल किरदार मिलल बा निभावे खातिर. एह फिलिम में हमरा सब कुछ करे के मौका मिलल बा, कामेडी, एक्शन, ट्रेजडी, रोमांस, इमोशन सब कुछ. उनका पूरा भरोसा बा कि ऊ अपना किरदार में आपन पूरा प्रतिभा दिखला पइहन.

अपना किरदार का बारे में बतावत शुभी कहली कि एह फिलिम में उनकर किरदार गांव के एगो सोझ सादा सरल सुभाव के लड़की के बा जेकर सपना बा कि ओकरा अइसन दूल्हा मिली जे चलनी के चालल होखी आ २४ कैरेट सोना माफिक टंच आ सर्वगुण संपन्न. शुभी के मनपसन्द हीरो शाहरूख खान आ हीरोइन माधुरी दीक्षित हई.

No comments:

Post a Comment

Related Posts Plugin for WordPress, Blogger...