Saturday 4 July 2009

Now Pratibha Pandey will fly to Hollywood

flying to Hollywood !

नया उमिर के नया फसल तइयार बा. एह साल सिनेमा में नयका सितारन के आगम शुरु हो गइल बा आ ओहिमें आइल बाड़ी प्रतिभा पाण्डे जिनका बारे में ट्रेडपंडित के अनुमान बा कि एह साल के सिने आकाश पर उनुके कब्जा रही. पिछला साल दीपिका पादुकोणे के रहल त ई साल प्रतिभा के रही.

वइसे त प्रतिभा कई गो भोजपुरी फिलिम कर चुकल बाड़ी बाकिर अब जल्दिये ऊ श्रीइंटरटेंमेट के आफबीट हिन्दी फिल्म से बालीवुड में अपना केरियर के शुरुआत करे जा रहल बाड़ी.

यूपी के बलिया जिला से आवे वाली खाँटी भोजपुरिया अभिनेत्री प्रतिभा पाण्डेय के शुरुआते में हालीवुड के फिलिम मिलल बा जवना खातिर ऊ आजकाल्हु पूणे में स्टंट ट्रेनिंग ले रहल बाड़ी. प्रतिभा पाण्डेय के दावा बा कि ऊ अपना टैलेंट से ग्लैमर वर्ल्ड के ताज पर कब्जा कर देखइहें.

भोजपुरी फिलिम हमरा से बियाह करबऽ आ सजना सजाइ दे माँग से अपना केरियर के शुरुआत करे वाली प्रतिभा पाण्डे भोजपुरी फिलिम विधाता में भोजपुरी के सुपर स्टार रविकिशन के नायिका बमल रही. ओकरा बादे से प्रतिभा के लाटरी लाग गइल आ उनका हालोओवुड के फिलिम भेंटा गइल. हालीवुड के फिलिम के ट्रेनिंग शुरु कइली त हिन्दी सिनेमा आ म्यूजिक वीड़ियो के प्रस्ताव मिलल चालू हो गइल.

म्यूजिको का दुनिया में प्रतिभा पाण्डे के आपन कमाल देखा रहल बाड़ी. उनकर म्यूजिक वीडिया फहराये माई के पतकवा पहिलहीं हिट हो चुकल बा आ ओकर कम से कम पांच लाख कापी त एही नवरात्र में बेचा गइल बा. फहराये माई के पतकवा से पहिले प्रतिभा पाण्डेय क॓ एगो आऊरी अलबम मुजफ्फरपुर के लीची रिलीज हो चुकल बा जवना में प्रतिभा पाण्डे गवलहू बाड़ी आ परफार्मो कइले बाड़ी. यूपी बिहार में धूम मचवला का बाद अब ई अलबम पश्चिम आ उत्तर भारत में रिलीज होखे जा रहल बा.

जाहिर बा कि कवनो नायिका अतना कर लेव आ ओकरा अतना प्रस्ताव मिल जाव त ओकर त बल्ले बल्ले होखहीं के बा. अपना अदाकारी आ टैलेण्ट से प्रतिभा पाण्डे दर्शकन के भरपूर मनोरंजन कइले बाड़ी आ ओह लोगन के भरपूर नेहो पवले बाड़ी. उनका एह सफलता में निर्माता आ निर्देशको लोग के भरपूर साथ मिलल बा. साथही साथ हर आदमी जे कवनो भी रुप में प्रतिभा पाण्डे का साथे काम कइले बा उहो भरपूर साथ दिहले बा. अपना सफलता का बूता पर प्रतिभा पाण्डे आजु अपना के सतबां आसमान पर पा रहल बाड़ी आ आगहूं सफलता मिलत रहो एह दिसाईं पूरा मेहनत आ लगन से लागल बाड़ी.

No comments:

Post a Comment

Related Posts Plugin for WordPress, Blogger...