
फ्राइडे फिल्म्स के बनावल आ आनन्द डी॰गहतराज के निर्देशित यूडी मूवी के प्रस्तुति फिलिम तू बबुआ हमार में आज के नवही पीढ़ी के राजनीति का दलदल मे कइसे फँसावज जात बा एकरे कहानी बा.
भ्रष्ट राजनेता कइसे नवहियन के बुड़बक बना के आपन मोहरा बनावेले सन आ बाद में सूखल पतई का तरह उद्देश्यहीन बना देबेले. अइसना में ऊ नवही कतना खतरनाक मोड़ पर चहुँप जाला, ईहे देखावल गईल बा तू बबुआ हमार में.
फिलिम के हीरो विजय अइसनके एगो नवही बा जे राजनेता सीताराम का चंगुल में फँस जात बा. सीतेराम विजय के पूरा परिवार के सफाया करवले रहे बाकिर विजय एह बात से अनजान बा. ऊ बस हरदम सीताराम सीताराम करत रहत बा. आ एक दिन जब सांच ओकरा सोझा आवत बा त ..?
निर्माता हेतल उपाध्याय आ देवदत्त कपाड़िया के एह फिलिम में अमर उपाध्याय मुख्य किरदार में बाड़न आ निमना से निभवले बाड़न आपन रोल. मोनालिसा सुन्नर लागल बाड़ी. इनका अलावे फिलिम में मोना रे, माया यादव, विजय खरे, उदय श्रीवास्तव, देव मल्होत्रा, हनुमान. प्रवीण सिंह, शिवम तिवारी, मनीष महिवाल, सूर्या वगैरह लोग बा. विजय खरे आ उदय श्रीवास्तव अपना अभिनय से प्रभावित कइले बा लोग.
विनय बिहारी आ के डी गाजीपुरी के गीत आ धनंजय मिश्रा के संगीत चलताऊ बा आ दीपा नारायण झा के कहानी, केशव राठौर के पटकथा आ राकेश त्रिपाठी के संवादो बस कामे भर के बा. हँ आनन्द डी गहतराज के निर्देशन प्रभावशाली बा.
Showing posts with label Bhojpuri film- Tu Babua Hamar. Show all posts
Showing posts with label Bhojpuri film- Tu Babua Hamar. Show all posts
Saturday, 4 July 2009
Bhojpuri film- Tu Babua Hamar
Subscribe to:
Posts (Atom)